पढ़ाई करे वाला लईका खाली पढ़ें, इ हो ना सकेला. खूब सख्ती रहे, ओकरी बादो लईका बीच में कुछ कुछ कई दें. जईसे पढ़ाई क बिच्चा में कहीं धीरे से आवाज़ आवे….. दुद्धि पर ईमली, दुद्धि पर ईमली, दुद्धि पर अवरा, सियाही पर अवरा. पांच पईसा क पांच गो करवना. आज लिखत समय अईसन लगत ह कि इ सुनले युग बीत गईल.