बलिया से पूरब चलबि त करीब पच्चीस किलोमीटर एगो गांव बा रामगढ़. रामगढ़ के टिकरी आताना मसहूर बा कि बलिया के का कहीं, आसपास के जिला चाहे बिहार के आरा, बक्सर, छपरा भा सीवान होखे, चाहे उत्तर प्रदेश के गाजीपुर, मऊ, कुशीनगर आदि,रामगढ़ के टिकरी के फरमाइश जरूर कइल जात रहल हा.