आप सब त जानी ला की टीवी की बाद तकनीक में बदलाव तेज हो गइल. पहिले कम्प्यूटर आउर फिर मोबाइल. कम्प्यूटर त गांव में अबहियों ठीक से ना पहुचल ह. कम्प्यूटर सिखवले की नांव पर देखावे खातिन कुछ डब्बा रख लिहले हवन सो. लेकिन डब्बा रखले का होई. सामुदायिकता के बोध मन में होखे के चाहीं.